भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बजट बा / चंद्रभूषण पाण्डेय

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बजट बा
गजट बा
अब का
झंझट बा
लटपट बा
अटपट बा
अपने में
खटपट बा
रपट बा
लपट बा
ऊंट कवना
करवट बा
मरकट बा
गरगट बा
बस नजरिए
चोरकट बा
चटचट बा
गटगट बा
देस बढ़ल
झटपट बा
टकटक बा
ठकठक बा
अब त जयजय
हरघट बा
जमघट बा
घटघट बा
घोंटी अब मड़सटको
सटपट बा