भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
बड़ा रे जतन हम पोसलीं परेवा जोड़ी हे / भोजपुरी
Kavita Kosh से
बड़ा रे जतन हम पोसलीं परेवा जोड़ी हे,
से हो परेवा गइे नीन वन, बँसहर सून कइले ए।।१।।
बाट के बटोहिया रे तूहूं मोरे भइया,
हे आरे एही रहिया देखलों, परेउवा जोड़ी, सून भइले मोरा बँसहर ए।।२।।
देखे के देखलीं में ओही रे नीन वन में
ए आम त महुइया चढ़ि बइठेला, फलवा अहार करे हे।।३।।