Last modified on 30 मार्च 2015, at 13:39

बदल रहल तमाम काम-काज आज गाँव के / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

बदल रहल तमाम काम-काम आज गाँव के
रहल कहाँ, रहे जवन सजल समाज गाँव के

हवा चलल शहर से ऊ देहात ले पसर गइल
बने लगल बा दूरदर्शनी मिजाज गाँव के

ना आदमी के साथ आदमी में प्रेम-भाव बा
बड़न का सामने ना रह गइल लेहाज गाँव के

कहाँ सुनात बा कबो गवात ढोल-थाप पर
ऊ सोरठी भा लोरिकी, रहे जे नाज गाँव के

रहे कबो मगन सभे बँटल ना घर भा दिल रहे
कहाँ गइल, रहे कबो जे राम-राज गाँव क