भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बाँसुरी / रामनाथ पाठक 'प्रणयी'

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बाज रहल बाँसुरी अरार पर कि धार पर ?

सुधा भरल धइल जहाँ,
कि मन उलझ गइल जहाँ
प्रान भइल बावरा श्रृंगार पर कि प्यार पर ?

बाज रहल बाँसुरी अरार पर कि धार पर ?

गते-गते जगा गइल,
कि मीत के सुना गइल,
झूम उठल कल्पना गुलाब पर कि खार पर ?

बाज रहल बाँसुरी अरार पर कि धार पर ?

मधुर अँजोर दा गइल,
कि पास भोर आ गइल,
चाननी चिहुक चलल दिवार पर कि द्वार पर ?

बाज रहल बाँसुरी अरार पर कि धार पर ?