भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

मोरा गाँव के लल्लू / हरेश्वर राय

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

रंगदार हो गइल
मोरा गाँव के लल्लू I

ठेलठाल के इंटर कइलस
बी.ए. हो गइल फेल,
रमकलिया के रेप केस में
भोगलस कुछ दिन जेल I

असरदार हो गइल
मोरा गाँव के लल्लू I

खादी के कुरूता पयजामा
माथे पगड़ी लाल,
मुँह में पान गिलौरी दबले
चले गजब के चाल I

ठेकेदार हो गइल
मोरा गाँव के लल्लू I

पंचायत चुनाव में
कइलस नव परपंच,
समरसता में आग लगवलस
चुनल गइल सरपंच I

सरकार हो गइल
मोरा गाँव के लल्लू I