Last modified on 24 अगस्त 2013, at 18:00

लाग कइल नजरी उलटा गगनवाँ में / मनसा राम

लाग कइल नजरी उलटा गगनवाँ में, लाग गइल नजरी।।
ना देखीं मेघमाला, ना देखीं बदरी।
टपकत बुन्दवा भींजे मोरा चुन्दरी।।
पेन्हीले सबुज सारी बटिया चलीले झारी ;
चलत चलत गइल हरि जी का नगरी।।
एह पार गंगा, भइया ओह पार जमुनी,
बिचहीं जसोदा माई तनले बारी चदरी।।
कहेलन मनसा राम, सुन ऐ कंकाली माइ
हमरा के छोड़ देलु ईसर जी के कगरी।।