भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
लामें के लाम पर न जइह परदेसी सइयाँ / मोती बी.ए.
Kavita Kosh से
लामें के लाम पर न जइह परदेसी सइयाँ
हो जी हो परदेसी सइयाँ।
घरही में गंगा घरहीं में जमुना
घरही के घाट पर नहइह परदेसी सइयाँ।
लामे के लाम पर...
पकवा इनार पर निबिया के गछिया
ओही की छाँह तर जुड़इह परदेसी सँइया
लामे के लाम पर...
सोने के थारी में जेवना परोसल
आसन जमा के भोग लगइह परदेसी सइयाँ
लामे के लाम पर...
घरहीं के जोतिह, घरही के कोड़िह
दुसरा के खेत में न बोइह परदेसी सइयाँ
हो जी हो परदेसी सइयाँ।