भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सँझिया के बेरिया अइले परदेसिया / भोजपुरी

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

सँझिया के बेरिया अइले परदेसिया,
डगर बुलिया माँगे गिरही बासा, देहु छोटी ननदी।।१।।
इहाँ नाहीं आसा जोगी, इहाँ नाहीं बासा।
सगरु बोझइनपुर इहाँ जोगी बास माँगे।।२।।देहु छोटी ननदी।।
सगरु बोझइनपुर डोम-धिकार बसे,
तोहरे अँगनवा हिनुआँ के बासा, इहाँ जोगी बासा।।३।। देहु छोटी ननदी।।