Last modified on 22 जनवरी 2022, at 01:47

संउसे देसवा मजूर, रउआ काम लिहीं जी / विजेन्द्र अनिल

संउसे देसवा मजूर, रउआ काम लिहीं जी,
रउवा नेता हईं, हमरो सलाम लिहीं जी।

रउआ गद्दावाली कुरूसी प बइठल रहीं,
जनता भेड़-बकरी ह, ओकर चाम लिहीं जी।

रउआ पटना भा दिल्ली में बिरजले रहीं,
केहू मरे, रउआ रामजी के नाम लिहीं जी।
          
रचनाकाल : 24 जनवरी 1978