Last modified on 21 दिसम्बर 2013, at 11:40

सखि रे, साँप छोड़ले साँप-केंचुल हे / भोजपुरी

सखि रे, साँप छोड़ले साँप-केंचुल हे,
सखि रे, ओइसने छोड़ले पिया मोर, भँवरवा विमुख भइले रे।।१।।
बाँस छोड़ले बाँस-कोंपल,
सखि रे, अइसने छोड़ले पियवा मोर, भँवरवा विमुख भइले रे।।२।।