भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
सिराई कि नाहीं / शारदानन्द प्रसाद
Kavita Kosh से
जोन्ही
फुला गइल
जनमतुआ
नधिया गइल
जाँगर
ठेंठा-ठेंठा
जिनिगी
सिरा गइल
मगर
का कहीं
पहाड़ लेखा
रतिया अभागी
सिराई कि नाहीं?