भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सुराज (दू) / जगदीश ओझा ‘सुन्दर’

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जनमे के सूतल, जिनिगिया से रूठल
टूटलि ना निनिया तोहार
बतावऽ भइया, जगब ऽ त कहिया ले जगबऽ ?

खेतवा जगावे, खेतनिया जगावे
अमवा-महुइया बगनिया जगावे
फटही लुगरिया में धनिया जगावे
सुसुकेले अँचरा पसार,
बतावऽ भइया, जगब ऽ त कहिया ले जगबऽ ?

काया डहाइल, महँगिया क मारल
साहस ओराइल बिपतिया से हारल
टूटलि कमरिया हो फाटल करेजवा-
जरि गइले घरवा-दुआर,
बतावऽ भइया, जगब ऽ त कहिया ले जगबऽ ?

दस गो रूपइया क सुदिया सैकड़ा
कबहूँ बेयजवा के छूटल न झगरा
रोजे तगादा में आवे पियादा-
गरिया सुनावे हजार,
बतावऽ भइया, जगब ऽ त कहिया ले जगबऽ ?

भइया, बिलइलऽ तूँ अपने करनवा
तहरे मे देसवा के बाटे परनवा
तहरे से जगमग बा कोठवा-अटरिया
काहे मड़इया अन्हार ?
बतावऽ भइया, जगब ऽ त कहिया ले जगबऽ ?

सूतल गँवावे, जे जागे, से पावे
मंजिल प पहुँचे, जे दउरे आ धावे
मँगला से देला ना भिखियो जमाना
मारेला ठोकर हजार,
बतावऽ भइया, जगब ऽ त कहिया ले जगबऽ ?