भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सूर्योदय / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

मोती होखो भा धोती
करिया जो लागि गइल
त सूर्योदय हो जाई।
काहें कि
उजरे पर करिया भभकेला
अन्हरिए पर अँजोरिया चमकेला
चारो ओर हल्ला हो जाई
सब कहे लागी
कि मोती पर करिखा लागि गईल
मोती पर करिखा लागि गइल
मोती भा धोती के
ई बाति बाउर ना लागी
बाकी मोती बी.ए. के बहुत दुख होई
आ सूर्योदय होते ऊ
जियते मरि जइहें।
11.08.92