भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सेजिया पे लोटे काला नाग (कजरी पुरबिया) / खड़ी बोली

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

   ♦   रचनाकार: अज्ञात

सेजिया पे लोटे काला नाग हो
कचौड़ी गली सून कैले बलमु ।
मिर्जापुर कैले गुलजार हो,
कचौड़ी गली सून कैले बलमु ।

एही मिर्जापुर से उडल जहजिया,
सैंया चल गइल रंगून हो,
कचौड़ी गली सून कैले बलमु ।

पनवा से पातर भइल तोर धनिया,
देहिया गलेला जइसे नून हो,
कचौड़ी गली सून कैले बलमु ।

मनवा की बेदना बेदउ ना जाने,
करेजवा में लागल जैसे ख़ून हो,
कचौड़ी गली सून कैले बलमु ।