भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सौ लोग के बीच में / चित्रा गयादीन

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

सौ लोग के बीच में
दुख हमार खून में
चढ़े लगल
आज तोके देख के
ना पहचान सकली
सरम के मारे
चेहरा हाथ में
छुप गइल
सोच खामोशी तक
मद्धिम करी
और भूल जाई
सौ लोग के बीच में
अचक्के फरक मिट गइल
याद हमार झाँझर बन के
लास होई गइल
आज तोके ना पहचान सकी