भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
हाँ रे, केहि जे आनेले शंखडारी / भोजपुरी
Kavita Kosh से
हाँ रे, केहि जे आनेले शंखडारी, केहि आनेले खजुराट
केहि जे आनेले सुन्नर परबत, मांड़ो दिहले ओठंगाय
सखि री, भला देस चउपारन, बेंतवा के छाजन ए।।१।।
हाँ रे, सहदेव जे आनेले शंखडारी, अरजुन आनेले खजुराट
भीमसेन आनेले सुन्नर परबत, मांड़ो दिहले ओठंगाय
सखि री, भला देस चउपारन, बेंतवा के छाजन ए।।२।।
कि आम, आम, तोरे लाम पात, कि भुंइयाँ सोहरि गइले डाढ़ि
ताहि तर बोलेले कारी कोइलिया, बोलई गहागही सार।
कोइली सबद सुनि मोहे इनराइन, मोही गइले सकल जहान
सखि री, भला देस चउपारन, बेंतवा के छाजन हे।।३।।
