हाँ रे, छोटका देवरवा / भोजपुरी
हाँ रे, छोटका देवरवा सइयाँ बारा लहलबजवा,
हाँ रे, धइले अँचरवा के कोर, हो बलमुआ।।१।।
हाँ रे, सारी हमरो फरेलें देवर, चोली मसकवलें,
हाँ रे, बहियाँ दिहलें झकझोर, हो बलमुआ।।२।।
हाँ रे, जेठ-बइसाखवा के तलफे भुंभुरिया हो,
हाँ रे जेठ-बइसाखवा के तलफे भुंभुरिया हो,
हाँ रे, ओइसे तलफे जियरा मोर, हो बलमुआ।।३।।
हाँ रे, सावन-भदउवा के निसी अधिरतिया हो,
हाँ रे, आई गइले महले में चोर, हो बलमुआ।।४।।
हाँ रे, सइयाँ हमरो रहतें रामा, चोरवा पकड़ितें,
हाँ रे, छूटि जइतें देवरु के बान, हो बलमुआ।।५।।
हाँ रे, नइहरे में रहलीं, त बड़ा सुख कइलीं,
हाँ रे, खेलत रहलीं सखियन के संग, रे बलमुआ।।६।।
हाँ रे, ससुरा में अइलीं, त बड़ा दुख सहलीं,
हाँ रे, ससुरा में चतुर सेयान, रे बलमुआ।।७।।
हाँ रे, बाबा घरे रहतीं रामा, बबुई कहइतीं,
हाँ रे, रहतीं में कन्ना कुँआर, रे बलमुआ।।८।।