Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:05

हाँ रे, धनि ए हंसावत, कन्या पोखरा खनवलें / भोजपुरी

हाँ रे, धनि ए हंसावत, कन्या पोखरा खनवलें, पोखरा के बीचे जटिया हलवले।
जटिया हलवलें कन्ना बड़ गुन कइलें, गुडुली ऊपरे कलस बइठवले रे।
कलसा बइठवले कन्ना बड़ गुन कइले, कलसा ऊपरे दीपक बारे।
हाँ रे, दीपक जरावे कन्ना बड़ गुन कइले, दीपक ऊपर फूल छितरावे।
हाँ रे, आनहू रे चेरिया करमा ककहिया, कन्ना झारि केस बान्हों।।
नाहीं देखों आदर, नाहीं देखों बादर, कहवाँ के बुनिया मोरा भींजल रे।।