Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 16:49

हाँ हाँ रे, सगरे चइत बीति गइलें हो रामा / भोजपुरी

 
हाँ हाँ रे, सगरे चइत बीति गइलें हो रामा, सइयाँ नाहीं अइलें।
हाँ सइयाँ, नाहीं अइलें रामा, सइयाँ नाहीं अइलें,
हाँ हाँ रे, सगरे चइत बीति गइले हो रामा, सइयाँ नाहीं अइलें।।१।।
हाँ रे, बेली भी फूले, चमेली भी फूले,
हाँ हाँ रे, सारी बन कुसुमी फूलइलें हो रामा, सइयाँ नाहीं अइलें।।२।।
हाँ रे, दस त तरुनिया चइत घाट गावे, हाँ हाँ रे घाट गावे।
हाँ हाँ रे रामा, गाई-गाई सखि समुझावे, हाँ हाँ रे समुझावे चइत गाई-गाई।।३।।