भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"कइसन-कइसन काम नधाइल बाटे इंटरनेट पर / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} {{KKVID|v=vhwpznjA3_A}} {{KKCatGhazal}} <poem> कइस...' के साथ नया पन्ना बनाया) |
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) |
||
पंक्ति 3: | पंक्ति 3: | ||
|रचनाकार=मनोज भावुक | |रचनाकार=मनोज भावुक | ||
}} | }} | ||
− | |||
{{KKCatGhazal}} | {{KKCatGhazal}} | ||
<poem> | <poem> |
11:08, 1 सितम्बर 2013 के समय का अवतरण
कइसन-कइसन काम नधाइल बाटे इंटरनेट पर
माउस धइले लोग धधाइल बाटे इंटरनेट पर
सर्च करीं जे चाहीं रउरा घरहीं बइठल-बइठल अब
सबके वेवसाइट छितराइल बाटे इंटरनेट पर
बेदेखल-बेजानल चेहरा से भी प्यार-मुहब्बत अब
अजबे-गजबे मंत्र मराइल बाटे इंटरनेट पर
जब-जब कैफे वाला कहलस सर्वर डाउन बा मालिक
तब-तब बहुते मन बिखियाइल बाटे इंटरनेट पर
रूस, कनाडा, चीन, जर्मनी, भारत, यू.एस या लंदन
एक सूत्र में लोग बन्हाइल बाटे इंटरनेट पर
शाली से जब पूछनी, ’काहो- दुल्हा कतहूँ सेट भइल’
कहली उ मुस्कात खोजाइल बाटे इंटरनेट पर
मन के अँगना में गूँजत बा ‘भावुक’ हो तोहरे बतिया
गोरिया के लव-लेटर आइल बाटे इंटरनेट पर