भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"वक्त काहे गँवा देल खा के / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
11:58, 30 मार्च 2015 का अवतरण
वक्त काहे गँवा देल खा के
बीच राहे ठिठक जा ना आ के
फूल के साथ ही काँट होई
खींच लऽ हाथ मत दर्द पा के
जोश भीतर अगर जाग जाई
काहिली भाग जाई लजा के
बात के बात में बात बिगड़ल
बात काहे रखीं ना बना के
प्रेम चुम्बक हवे खींच लीही
तूर के बान्ह, छोड़ी मिला के
कामना कम करऽ मन के रोकऽ
मिल सकी शान्ति ना धन कमा के
शारदा के कृपा कुछ भइल बा
बाकी लक्ष्मी के कतना गँवा के