भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"उगल बाड़े चनरमा नीक घर लागे / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
(कोई अंतर नहीं)

12:41, 30 मार्च 2015 का अवतरण

उगल बाड़े चनरमा नीक घर लागे
उजाला से मगर चोरन के डर लागे

बहल अइसन हवा, उजड़त गइल सब गाँव
बसे खातिर सुहावन अब शहर लागे

खपत अतना बढ़ल पेट्रोल-डीजल के
हवा के साथ में फइलत जहर लागे

विषइला साँप के मुँह में जहर होला
मगर इन्सान विष से तर-ब-तर लागे

सभे दहशत में जिनगी जी रहल बाटे
इहाँ मउवत के साया हर पहर लागे