भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"कहीं रोजे जशन मिल के मनावल जा रहल बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
12:45, 30 मार्च 2015 का अवतरण
कहीं रोजे जशन मिल के मनावल जा रहल बा
कहीं अछरंग झूठे भी लगावल जा रहल बा
नशा में चूर पद-धन के, फँसा के जाल में अब
सही इन्सान जेलन में पठावल जा रहल बा
रहल बा दोस्ती में त्याग-अपनापल जरूरी
मगर अब दाँव पर दोस्तो चढ़ावल जा रहल बा
बिना मतलब खबर कोई कहाँ लेता, बताईं
जरूरत से गला तक ले लगावल जा रहल बा
बनल व्यवसाय न्यायालय में जा दीहल गवाही
कसम खा, झूठ के साँचो बनावल जा रहल बा
नया गीतन के बढ़ते जा रहल बा रोज फैशन
कोइल के छोड़ कउआ से गवावल जा रहल बा