भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"मन उदास बा / हरेश्वर राय" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=हरेश्वर राय |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
 
पंक्ति 6: पंक्ति 6:
 
}}
 
}}
 
{{KKCatKavita}}
 
{{KKCatKavita}}
 +
{{KKCatBhojpuriRachna}}
 
<poem>
 
<poem>
 
सुखात नदी जस  
 
सुखात नदी जस  

14:25, 12 मार्च 2019 के समय का अवतरण

सुखात नदी जस
मन उदास बा I

असरा के चान पर
लागल बा गरहन,
सपना के पाँखी प
घाव भइल बड़हन,
डेगे डेग पसरल
खाली पियास बा I

आँखी के बागी में
पतझड़ के राज बा,
मन के मुंडेरा प
गिर रहल गाज बा,
उदासी के गरल से
भरल गिलास बा I

हँसी के फूल प
उगल आइल शूल,
ख़ुशी के खेत में
जामल बबूल,
केकरा के कहीं गैर
के आपन ख़ास बा I