भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"गजबे बा इ देश / हरेश्वर राय" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=हरेश्वर राय |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
Sharda suman (चर्चा | योगदान) |
||
पंक्ति 6: | पंक्ति 6: | ||
}} | }} | ||
{{KKCatKavita}} | {{KKCatKavita}} | ||
+ | {{KKCatBhojpuriRachna}} | ||
<poem> | <poem> | ||
गजबे बा इ देश रे भइया | गजबे बा इ देश रे भइया |
14:27, 12 मार्च 2019 के समय का अवतरण
गजबे बा इ देश रे भइया
खल-खल के गीत गावेला ।
सत्य बुद्ध के कहाँ गइल
उपनिषद के शांति कहाँ गइल,
राष्ट्रपिता के अहिंसा
कहाँ भगत के क्रांति गइल ।
उज्जर झक खादी के ऊपर
छलिया दाग लगावेला ।
पंचायत के चौपालन पर
पांचाली के चीर हराता,
लाशन के टीला पर बइठल
भेड़िया अजब-गजब मुस्काता ।
अखबारन के पन्नन से
गंध चिराइन आवेला ।
लोकतंत्र के सुन्दर मुँह पर
घाव भइल बा भारी,
चोर उचक्का राजा बनले
मेहनतकश भिखारी ।
छल परपंच करेवाला ही
एहिजा सब कुछ पावेला ।