भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"केहु पथार डाल गइल बाटे लोर के / मिथिलेश गहमरी" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
Jalaj Mishra (चर्चा | योगदान) ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार= |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatGhazal}} {{KKCatBhojpuriRachna}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
11:55, 7 जून 2020 के समय का अवतरण
केहु पथार डाल गइल बाटे लोर के
काबिल जे बा इहाँ, ऊ देखावे बिटोर के
हम खुश रहीं, की चोट नया अबकी ना मिलल
ऊ, निफिकिर बा घाव पुरनका निखोर के
सपना हमार कैद बा मुट्ठी में उनकरा
रुपया, जुआरी राखेला जइसे चिमोर के
दिन-रात के हिसाब से इंसानो बँट गइल
साथी केहु अन्हार के, केहु अँजोर के
अपना बहस में बाज-कबूतर के भी रखीं
कबले कहत रहब कथा चनवाँ-चकोर के
माई के नेह-छोह करेजा में भरि गइल
दिहलस केहु जो हाथ प छाल्ही खखोर के
जिनगी झुरा गइल बिया जइसे कि डाढ़ि-पात
मिथिलेश मरले बा केहु अच्छत परोर के