भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"ना रहित झाँझर मड़इया फूस के / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> ना रहित झाँझर मड़इया …) |
(कोई अंतर नहीं)
|
21:48, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण
ना रहित झाँझर मड़इया फूस के
घर में आइत घाम कइसे पूस के
के कइल चोरी, पता कइसे लगी
चोर जब भाई रही जासूस के
आज ऊ लँगड़ो दरोगा हो गइल
देख लीं, सरकार जादू घूस के
ख्वाब में भलही रहे एगो परी
सामने चेहरा रहे मनहूस के
जे भी बा, बाटे बनल बरगद इहाँ
पास के सब पेड़ के रस चूस के
तूहीं ना तऽ जिन्दगी में का रही
छोड़ के मत जा ए 'भावुक' रूस के