भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"मन के चउकठ पर धइल बाटे दिया उम्मीद के / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> मन के चउकठ पर धइल बाट…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
22:19, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण
मन के चउकठ पर धइल बाटे दिया उम्मीद के
भुकभुकाते बा बरत अबले दिया उम्मीद के
रोशनी के राह देखत रात पागल हो गइल
लफलफाते रह गइल, यारे, दिया उम्मीद के
सब उजाला खात बाटे बीच राहे में महल
ना जरी लागत बा मड़ई के दिया उम्मीद के
लोग कइसे ओह जगह पर जी रहल बाटे, जहाँ
भोर के नइखे किरन, नइखे दिया उम्मीद के
मन बहुत लरियाह हऽ, सोचे ना कवनो बात के
ई त बाते-बात पर बारे दिया उम्मीद के
जिन्दगी के हर लड़ाई शान से लड़ते रहब
प्राण में जबले जरत बाटे दिया उम्मीद के