भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"हजारो गम में रहेले माई / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> हजारो गम में रहेले मा…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
14:33, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण
KKGlobal}}
हजारो गम में रहेले माई
तबो ना कुछुओ कहेले माई
हमार बबुआ फरे-फुलाये
इहे त मंतर पढेले माई
हमार कपडा, कलम आ कॉपी
सँइत-सँइत के धरेले माई
बनल रहे घर, बँटे ना आँगन
एही से सभकर सहेले माई
रहे सलामत चिराग घर के
इहे दुआ बस करेले माई
बढे उदासी हिया में जब-जब
बहुत-बहुत मन परेले माई
नजर के काँटा कहेलीं रउरा
जिगर के टुकडा कहेले माई
'मनोज' हमरा हिया में हरदम
खुदा के जइसन रहेले माई