भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो / मनोज भावुक" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
(नया पृष्ठ: वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो बाप बेटा के अर्थी उठावे कबो रोशनी आज…) |
(कोई अंतर नहीं)
|
14:47, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण
वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो बाप बेटा के अर्थी उठावे कबो
रोशनी आज ले भी ना पहुँचल जहाँ केहू उहँवों त दियरी जरावे कबो
सब बनलके के किस्मत बनावे इहाँ केहू बिगड़ल के किस्मत बनावे कबो
जे भी आइल सफर में दुखे दे गइल केहू आइल ना हमके हँसावे कबो
हमरा हर कोशिका में समाइल बा जे काश! हमरा के आपन बनावे कबो
सबका गोदी के 'भावुक' खेलवना बने काश! बचपन के दिन लौट आवे कबो