भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"देवी गीत 7 / रामरक्षा मिश्र विमल" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामरक्षा मिश्र 'विमल' |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
 
(इसी सदस्य द्वारा किया गया बीच का एक अवतरण नहीं दर्शाया गया)
पंक्ति 1: पंक्ति 1:
 
{{KKGlobal}}
 
{{KKGlobal}}
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
|रचनाकार=रामरक्षा मिश्र 'विमल'
+
|रचनाकार=रामरक्षा मिश्र विमल
 
|अनुवादक=
 
|अनुवादक=
 
|संग्रह=
 
|संग्रह=

19:43, 4 अगस्त 2018 के समय का अवतरण

माई बिंध्याचलवाली तोहरी
सरनिया कब ले आइल बानी हो
माई मोरी हमके दऽ चरन के दरसनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
कंस करनवा तू त परगट भइलू
गोकुल से बिंध्याचल अइलू हो
माई मोरी सभ जानेला नउँवा के कहनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
नउँवा तोहार लेके लंगड़ा चलेला
अन्हरो ताके खूबे हो
माई मोरी गूङवो बोलेला मीठ बनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
धरती प बढ़ल जब अनेतिया
सँसतिया बढ़ल देबी देवता के
माई मोरी सभके तू उबरलू जिंदगनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
विमल चरनिया के दास
ना कवनो दोसर आस बाटे हो
माई मोरी मनवा भावे तोहरी बखनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.