भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"लाजो / शिव शंकर सहाय ‘सिद्धार्थ’" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=शिव शंकर सहाय ‘सिद्धार्थ’ |अनुवा...' के साथ नया पन्ना बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
09:15, 25 अगस्त 2013 के समय का अवतरण
दुःख यातना में टभकत मन
जब कबही रिसोयेला
त्रासदी में सिसकत हिया
फह-फह फफायेला
तब-तब
लाजो
जनम देबेली हमरा के अपना भीतर।
जिनिगी के युद्ध में
जब
हम श्लथ हो जाइला
तब
उनकर प्रेम-अमृत से
सींचाइल हमार जिया
चह-चह हरिआ जाला।
अंकवारी के गरमाहट
देह के मंजर-गंध
आ
उनकर सांसन के तपिश में
सेवात हम
फेरू, जीवंत हो जाइला।
आ
हमरा पतो ना चल पावे कि
लाजो
कब
हमार मतारी बन जाली......