भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"आगि कहीं दहकल / भोलानाथ गहमरी" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=भोलानाथ गहमरी |अनुवादक= |संग्रह= }} {...' के साथ नया पन्ना बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

13:24, 31 अगस्त 2013 के समय का अवतरण

ताड़ पर से उतरल
खजूरे पर अँटकल
सपना के जंगल में
आगि कहीं दहमल। सपना...
जिनिगी के पोखरा में
रोज पड़ल जाल,
बाहर से भीतर बा
गरई के हाल,
कीचड़ में रात-दिन
जियरा बा सउनल। सपना...
सोन्ह-सोन्ह चिखना पर
गरम-गरम रस,
उनकर तकदीरे के
रेखा बा ठस,
हमरा त माथे
तलवार बाटे लटकल। सपना...
रोज-रोज कुआँ त
रोज-रोज पानी,
पी-पी के जीयत बा
घर के परानी,
दुनियाँ के डहली पर
पाँव नाहीं बहकल। सपना...