भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"सूखा / विनय राय ‘बबुरंग’" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विनय राय ‘बबुरंग’ |अनुवादक= |संग्...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

09:26, 2 फ़रवरी 2015 के समय का अवतरण

अइसन सूखा पड़ल कि सुखाइल हिया
बावग केतनो हम कइलीं ना जामल बिया
जेवन जामल ऊ उकठे सुरू हो गइल
लागत अइसन बा रहिहें कुंवारी धिया।।

धान सूखा से बहुते मुआर हो गइल
मत समझी कि टूअर दुआर हो गइल
जे भी आवे करीं ओके स्वागत-नमन
भले आजु खाली कोठार हो गइल।।

कइसो इज्जत के आपन बचइबे करब
असों बिटिया बियहवा के टरबे करब
जेवन सूखा से कसि के पिटाई हो गइल
जिनिगी पुअरा भइल ओके ढोइबे करब।।

अइसन लागल बा आगी बुतात नइखे
आगे खाइब का तनिको बुझात नइखे
काल्हे सोचल सपनवां पर पानी फिरल
आखिर केने हम जाईं लखात नइखे।।
ए निरासा में आसा जगावे होई
अब असरा के बियवा बोआवे होई
हर गली गांव जन-जन में फइलल जहर
ई जहर आजु अमृत बनावे होई।।

ई खेतिये त जिनिगी के रखवार ह
ई खेतिये त जिनिगी के पतवार ह
ई खेतिये त हरपल ई धड़कन चले
ई खेतिये त दुनिया क आधार ह।।

उनका मरजी से जिनिगी क पहिया चले
उनका मरजी से नदिया में नइया चले
जब पल में सुदामा क घर बन गइल
उनका मरजी से सुख-दुख में दुनिया चले।।