भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"ओके केहू का खोजी / मोती बी.ए." के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मोती बी.ए. |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKavita}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
(कोई अंतर नहीं)

16:28, 20 मई 2015 का अवतरण

हमार एगो बहुत बाउर लति ई ह
कि हम केहू के रचना में अपनाके
खोजे लागीलें

जे हमके हमरा से भेट करा दे
उहे नू हमार हीत ह
एइसन हीत काँहाँ मिली
इहे हमार समस्या ह
हम ओही के खोज तानी
जे भेटात नइखे
ओके खोजत-खोजत
हम खुदे बिला गइल बानी

इ कविता ना ह
ई हमार गति ह
जुग जमाना अपने रंग में बाटे
आ हम अपने रंग में

जे खुदे बिला गइल बा
ओके केहू का बिलवाई।
20.08.96