भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
"हउवा के जात भइल / सरोज सिंह" के अवतरणों में अंतर
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सरोज सिंह |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBhojpu...' के साथ नया पृष्ठ बनाया) |
(कोई अंतर नहीं)
|
22:37, 23 जनवरी 2018 के समय का अवतरण
हउवा के जात भइल बड़ा जुर्म बा मनवा के बात कइल कड़ा जुर्म बा
भोरे के एलार्म में उ बोलत बियाकाम-काज पहीर के उ डोलत बिया
जिनगी के सूप में फटकात रहेले कपड़ा के फिचन अस झटकात रहेले
कुकर के सिटी में ऊ चीखsतीया पोछा के पानी में ऊ भीगsतिया
बेलना से चकला पs बेलात रहेले लहकत तावा पs रोजो सेंकात रहेले
अधहन में भात नियर पाकsतीयासंजोअल सपना मनेमन हाँकsतिया
साजन खातिर सजत संवरत बिया लईकन के सुख खातिर दउरत बिया
घर अमृत कई के जहर पियत बियातब्बो ऊ जिनगी जी जान से जियsतिया