भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"जीअन ईयाद आवेले / केशव मोहन पाण्डेय" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=केशव मोहन पाण्डेय |अनुवादक= |संग्...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
(कोई अंतर नहीं)

14:47, 2 मई 2018 के समय का अवतरण

जीअन कहले गाँव में
पिपरा के छाँव में
इनरा के पानी पर
लौकी-कोहड़ा छान्ही पर
जे के मन करे
तूरे, खाये,
धोबीघटवा में डुबकी लगाये।
सभे भाई-भतीजा हऽ,
गाँव के दमदा
सबके जीजा हऽ।
बोधा भाई
गाँव भर के दाढ़ी
बनावेले एके छूरा से,
यादो जी, महतो-अंसारी चाचा
तपिस जगावे देह में
एक्के घूरा से।
एक्के ताश के फेंटा पर
एक्के कुरुई में भुजा बा,
अपना झमड़ा के फरहरी सब
जुआ के भइल खूजा बा,
सब हाँड़ी पर परई बइठल
सबके राग समझेला लोग,
भले कतहूँ दही-चिउड़ा से
त कतहूँ -
गरई के लागे भोग।
दुअरा काका के काना-फुस्सी पर
गिरधारी चुटकी मारे ले
होत भिनुसारे नगीना भाई
सबके गइया गारे ले।
भक्ति-भक्त के नाम ले के
तिरछोलई के अम्बर ओढेला जे
डांड़-आर मिलावे में
कुदारी के कोना से कोड़ेला जे,
ऊ सगरो टोला के मुद्दई हवे
मेल जोल से रिश्ता निबहेला,
सबके हाथ से ले के लौंग
लौंगिया बाबा के बतिया नेह से उचरेला।
जब एक्के लहरिया मारे सब
तब ताल लड़े बलाय से
भोरहरिया चुस्की चढ़ जाला
पंडी जी के चाय से।
लउके ना कतहूँ इनरा अब
बाग-बगीचा छान्ह कहीं
ओहिसन बतरस कहवाँ बा
नाहीं मीठ जुबान कहीं।
अइसन अब गाँव कहाँ ?
पिपरा के छाँव कहाँ?
टाटी-बाती-बान्हा ना
हँसियाली के बहाना ना।
अटकन-चटकन दही चटाकन
सबके घर के गीत हवे
जे बाउर से बैर करेला
ऊहे सबके मीत हवे।
बदलत समय के फेरा ह
ई जग तब्बे त डेरा ह।
होत बिहाने जब कतहूँ
कवनो मनई
पोंछिटा पकड़
लोटा ले धावले,
साँच कहिले
हियरा में
जीअन बहुते ईयाद आवेले।