दोहा
जय भारत जय भारती, जय हिंदी, जय हिंद।
जय हमार भासा, जय गुरु, जय गोबिंद।।
चौपाई
ई हमार हऽ आपन बोली। सुनि केहू जनि करे ठठोली।।
जे जे भाव हृदय के भावे। ऊहे उतरि कलम पर आवे।।
कबो संसकृत, कबहूँ हिंदी। भोजपुरी माथा के बिंदी।।
भोजपुरी हमार हऽ भासा। जइसे हो जीवन के स्वांसा।।
जब हम ए दुनिया में अइलीं। जब हमई मानुस तनु पइलीं।।
तबसे जमल रहल जे टोली। से बोले भेजपुरिआ बोली।।
हमहू ओही में तोतरइली। रोअली हँसलीं बात बनइलीं।।
खेले लगलीं घुघआमाना। उपजल धाना, पवली खाना।।
चंदा मामा आरे अइले। चंदा मामा पारे अइले।।
ले ले अइले सोन कटोरी। दूध भात ओकरा में धोरी।।