भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
देवी गीत 5 / रामरक्षा मिश्र विमल
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 19:39, 4 अगस्त 2018 का अवतरण
मइया धीरे धीरे आवेली अङनवा हो ना.
गमकेले सगरी डगरिया कि रतिया अँजोरिया हो ना
कि मइया थाहि थाहि धरेली चरनवा हो ना.
बघवा जे चले तरनाई आ ताके गुरनाई हो ना
कि भरि भरि आवेला डेराइ के नयनवा हो ना.
मइया जे हँसेली ठठाके कि कोरा में उठाके हो ना
कि अपना अँचरा से पोंछेली नयनवा हो ना.
विमल चरनिया के दास ओही के बाटे आस हो ना
कि मइया राखि लऽ ना अपने सरनवा हो ना.