भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
बलिदानी कुंवर सिंह / भुवनेश्वर प्रसाद श्रीवास्तव ‘भानु’
Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 08:26, 25 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=भुवनेश्वर प्रसाद श्रीवास्तव ‘भा...' के साथ नया पन्ना बनाया)
रन से बन ले अमर गगन में,
गुंजत इहे कहानी बा।
एह सुराज के ताज पहिलका,
कुंवर सिंह बलिदानी बा।
जेकर बलि बिरथा ना भारत,
माई फिर महरानी बा।
रंग तिरंगा बीच केशरिया,
लहरत अमर निशानी बा।
लहू लेपले लाल सुरूज ई,
ढ़ाल जेकर मरदानी बा।
जेकरा जस के हँस- हँस हरदम,
चन लुटावत चानी बा।
खड़ा हिमालय छाती तनले,
आन जेकर अभिमानी बा।
धहरत रोज समुन्दर अन्दर,
जेकर जोस तूफानी बा।
धरती में बा खून-पसेना,
चल पवन मस्तानी बा।
तेगा-गरज बज्जर बदरी में,
बिजली खड़ग पुरानी बा।
महामाया के रथ ई लप्प-लप्प,
तरकस तीर कमानी बा।
जेकरा भुजके बल से अब ले,
गंगा बीच रवानी बा।