भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

पपीहा के गीत / बैद्यनाथ पाण्डेय ‘कोमल’

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:59, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=बैद्यनाथ पाण्डेय 'कोमल' |अनुवादक= |...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

पपीहा पी-पी गावत बा।
ऊपर गगन में बदरी छइले;
रतिया खूब अन्हरिया भइले;
दरद भरल सुर में गा-गा के
प्रीत जगावत बा।
तरु-दल में पंछी निनिआइल;
आज पपीहा बा भरमाइल;
कहाँ पिया बा? कहाँ पिया बा?
टेर लगावत बा।
नभ सूना, सुनसान डगरिया;
नजर न आवत गाँव-नगरिया;
आपन दुनिया में आँसू-
मोती ढरकावत बा।
कतना सुख के गिना-गिना रे;
पर सब सूना एक बिना रे;
अइसन बात अकेले रो-रो
आज सुनावत बा।
पपीहा पी-पी गावत बा।