भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

मैना / फन्दोत्तीर्णानन्द पुरी

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:07, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=फन्दोत्तीर्णानन्द पुरी |अनुवादक...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

ऊ मैना,
जवन रोज हमरा आँगन में
डुगुरति रहे
पुचकारे वाला का आँगन से-
दाना खाके
आ दुतकारे वाला का आँगन से-
इँकड़ी के बौछार पा के,
उड़ गइल बिया।
हम आँगन में लागल
कचनार का पेड़ के नीचे बइठ के
आँगन में पड़ल मैना के गोड़ के चिन्हा
देखीला
आ भुलाइल-बिसरल
बतकही के इयाद में डूब के
समूचा दिन
बिता दीहीला।