भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

हवा में गजब के सरूर बाटे / जगन्नाथ

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:43, 10 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जगन्नाथ }} {{KKCatGhazal}} {{KKCatBhojpuriRachna}} <poem> हवा म...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

हवा में गजब के सरूर बाटे,
बात कुछ खास त जरूर बाटे।

लोर सब गिर रहल बाटे भुँइयाँ,
उनका रोवे के ना सहूर बाटे।

हमरा पासे दरद के थाती बा,
रउवा का बात के गरूर बाटे।

दुलार देके दुरदुरा दीला,
नीक अपने के ई दस्तूर बाटे।

बात इन्सानियत के कइलीं ह,
हुजूर बस इहे कसूर बाटे।