भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

छन-छन के बनल-बिगड़ल / जौहर शफियाबादी

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:59, 10 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार= }} {{KKCatGhazal}} {{KKCatBhojpuriRachna}} <poem> छन-छन के बनल-ब...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

छन-छन के बनल-बिगड़ल लिखल बा हथेली पर,
आवेले हँसी हमरा जिनगी का पहेली पर।
शुभ याद के परछाई सुसुकेले अंगनवाँ में,
जब चाँदनी उतरेले सुनसान हवेली पर।
जीअत आ मुअत खाता लागत बा कि बेटहा ह,
जे गाँव के तड़कुल का बइठल बा मथेली पर।
भगवाने भरम राखीं चुटकी भर सेनुरवा के,
धड़कत बा करेजवा कि गुजरल का सहेली पर।
जिनगी का अन्हरिया में कइसन ई अँजोरिया ह,
बा नाव लिखल कवनो मनरूप चमेली पर।
‘जौहर’ जे निरखले बा निरखले बा नियरे से जिनिगिया के,
विश्वास करी ऊ का माया के बहेली पर।