भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जे बा दीहले रतन, बबुआ करिह जतन / राधामोहन चौबे 'अंजन'

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:10, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=राधामोहन चौबे 'अंजन' |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जे बा दीहले रतन, बबुआ करिह जतन ; ई ह सोना ना माँटी मिलावे होई।
अइसन अनमोल धन, पवल मानुष के तन ; कर्ज बाटे त मन से चुकावे होई।।

कहि के आपन भुला गइल सपना के धन ; कहियो अचके हेराई, खुली जब नयन।
केहू के सिरिजल चमन, चमके झिलमिल सुमन ; आन्ही-तूफान सबसे बँचावे होई।।

चारि दिन के झमेला बा, मेला हवे ; नइख बूझत मदारी के खेला हवे।
केतना बाटे जलन, केतना बाटे तपन ; नेह-नाता ना कवनो लगावे होई।।

देख जागल बा जे, जे बा उधिया गइल ; केहू धइले ना बाटे जे बा पा गइल।
रचि के ‘अंजन’ नयन, जे बा पवले घुटन ; देखि दरपन सुरतिया लगावे होई।।