भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

हाँ रे, अँगना से चेरिया लउरिया / भोजपुरी

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 09:40, 24 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

हाँ रे, अँगना से चेरिया लउरिया, त मनवाँ आनन्दी होइ ए
चेरिया चलि भइली राजा के बँगलवा, त खबरी जनावेली ए।।१।।
सुनु-सुनु आहे राजा दसरथ अउरो सजन लोग ए
ललना रानी का होरिला जनमले, त खबरी नाइले ए।।२।।
खबरी जनवलु चेरिया सुन्नर, तुहुँ बड़चतुर ए
चेरिया माँगु-माँगु अपनी बिदइया, खुशी से हम्में देहबि ए।।३।।
हाँ रे, हम का, माँगी राजा दसरथ, होरिला जन्म भइले हे
राजा रउवे भावे से रउवा देईं, खुश हे हम जाइब हे।।४।।
हाँ रे, मने मुसुकाई राजा दसरथ, महथा से बोलेले ए
महथा सुनु-सुनु बचनी हमार, चेरिया परबोधहु ए।।५।।
चेरिया के देहु महथा अन-धन, मोतियन मांग भरि ए
महथा अउरी देहु लहरा पटोर, त चेरिया घरे जाइ नु हे।।६।।
धावेले नउवा, रे बरिया त अउरो पँवरिया नु हे,
ललना बाभन आवेले मुसकात, कि हथवा में पोथिया नु हे।।७।।
हाँ रे, कहवाँ से आवेले नउआ, त कहवाँ से बरिया नु हे
हाँ रे, कहवाँ से आवेले बभनवाँ, त हाथे लेले पोथिया नु ए।।८।।
हाँ रे, पूरूबे से आवेले नउआ, त पछिमे से बरिया नु हे
ललना उतरे से आवेले बभनवाँ, त हाथे सोभे पोथिया नु हे।।९।।
हाँ रे, जिअ-जिअ आरे राजा दसरथ, तोहरो होरिलवा नु हे
भइले सुदिनवाँ छुलाछुन, तुमहूँ असीसे दीले ए।।१0।।
हाँ रे, नउआ के देले राजा अन-धन, बरिया के सोनवा नु हे
ललना बभवा के हंसराज घोड़वा, त होरिला जनम भइले ए।।११।।
हाँ रे, धीरहीं से उठेला पँवरिया, त उहो आपन नेग माँगे हो
राजा देहु हमरो बिदइया, त होरिला जनमले नु हे।।१२।।
गरवा से काढ़े राजा हारवा, त अउरो रुपइया नु हो
ललना लेहु नेग अपनो पँवरिया, कुशल घरे जाहु नु ए।।१३।।
एतने ना लेबों राजा दसरथ, पाँवर गाइले ए
राजा तोहरो त होरिला जनमले, त हमरो बिदइया देहु ए।।१४।।
अउरी दिहले राजा अन-धन, झीन सूत कापड़ हे
ललना पँवरिन के लहरा पटोर, हँसत घरे जाले नु ए।।१५।।