भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बाबा के दुलारल बेटी / भोजपुरी

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 10:46, 24 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बाबा के दुलारल बेटी, माँगेली बाँस के चँगेलिया,
कि फूल तोड़े जाइब रे की।।१।।
फूलवा लोढ़त-लोढ़त बेटी सींकी गइली,
कि सूतेली आँचर पसार, ओही बगिया भीतर रे की।।२।।
घोड़वा चढ़ल अइले राजा के कुँअरवा हे,
ऊपरे त डमरु बजावे, त जागु-जागु मालिन बिटिया हे।।३।।
जाहूँ त होले तूहूँ पढ़ल पंडितवा हे,
मोरा आगे पोथिया रे बिचारु त एही बगिया भीतरे हे।।४।।
कि पढत्रल-गुनल मोरो भोर पड़ि गइले,
कि पोथी मोरा छूटेला बनारस, ओही बगिया भीतरे रे की।।५।।