भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
आइल बा वोट के जबाना हो / विजेन्द्र अनिल
Kavita Kosh से
अनिल जनविजय (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 18:03, 14 सितम्बर 2017 का अवतरण
आइल बा वोट के जबाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।
दाल-चाउर खूब मिली, खूब मिली चीनी,
फेल होई झरिया-धनबाद के कमीनी,
पाकिट में रही खजाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।
जेकरा के मन करी, रासन तू दीह
जेकरा से मन करी, घूस लेई लीह,
हाथ में कचहरी आ थाना हो,
मुखिया बनिजा।
तोहरा से बेसी के करेला सेवा?
जिनिगीन ओढ़त रहल टाट अउर लेवा,
कबो ना मिलल नीमन खाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।
अहरा आ पोखरा के लीह तू ठीका,
कीनि दिह हमरा के झुमका आ टीका,
गावे के फिलिमी तराना हो,
पिया मुखिया बनिजा।
आइल बा वोट के जबाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।
रचनाकाल : 02.2.1978