भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

भजन-कीर्तन: कृष्ण / 14 / भिखारी ठाकुर

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:53, 3 नवम्बर 2017 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=भिखारी ठाकुर |अनुवादक= |संग्रह=भज...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

प्रसंग:

श्रीकृष्ण के आने की राज जोहता एक कृष्ण-भाग। बारह मासा का संक्षिप्त रूप।

बाट कहिया ले जोहब यशोदा ललन॥टेक॥
पूव, माघ ओ फागुन गइल फगुआ के जून; नाहिं चइत महिनवां में अइलन सजन॥ बाट.॥
वैशाख जेठ धाम चलि गइलन घनश्याम; चलि गइलन अषाढ़ के समूचा लगन।
सावन भादो गइल बीतल आसिन के रीत; चित्त दरसन करे के चाहत हर छन॥ बाट.॥
कइलीं कार्तिक के आस, करत बाड़ कबिलास; कइसे कुबरी कन्हैया के बोधलसि मन।
‘भिखारी’ कहे कमर जोर, करीं कतिना ले शोर; नाहिं अइल तूं गइलन सुदी अगहन॥ बाट॥