भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
घर फूटेला अउरी लूटे जवार / रामरक्षा मिश्र विमल
Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 18:43, 4 अगस्त 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामरक्षा मिश्र विमल |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
घर फूटेला अउरी लूटे जवार
पीटेली माई कपार
दुरगति के कवनो ना पार।
अइसन पतोह एक आङन उतरलीं
अपने ही हाथ पंख आपन कतरलीं
भाइन का बीच डालि दिहलसि दरार।
भरि गाँव बाजल बा ईजति के ढोल
नौ माह गिनती के कवनो ना मोल
हमके देखावेलन दोसर दुआर।
कवनो तकलीफ बने सुख के भँड़ार
जो लइका फइका के सुख हो अपार
ढहि जाला मउवति के भय के अरार।
चकरी का बीचे दरात बा परान
केनियो गइला पर ना बाची अब जान
धनि बा बुढ़ौती के अइसन सिंगार।